बिहार में ये समय जवन घमासान मचल बा ओकरा से इहे बात निकल ता कि सब पार्टी के लोगन आपन आपन लेमनचूस लेके ललचावे आ गएल बाड़ सन |जनता के बुडबक समझ ताड सन ,जवना से इ बात के कवनो गुंजाइश नइखे की विहार के भोटर ये चिढैया जाल में फ़सं जाई| बकीं बिहाने बिहान जवन नेतन क जमघट लाग ता ओकरा में खाली चुनवे के चर्चा सगरी हो रहल बा और हार जीत के अबही से अंदाजा लगावल जा रहल बा भाजपा के परिवर्तन रैली कही होत बा त कही केहू के स्वभिमाने प आंच आइल बा |एगो सोचे के बात बा कि काल बिहार में जहाँ बिकास और शासन के बात हॉट रहे अब ओहिजा जात पात और आगरा पिछडा के खुबे बहस होत बा ,आ लाग ता की कवनो न कवनो संका जरुरे हो सकेला ओकरा बारे में अबे से अनुमान लगावल ठीक नइखे बाकि इ त बुझाते बा की बिहार खाली पैकेज पालिटिक्स में फसल रही ,एकर मालिक अब भगवान बुधे बाडन|
No comments:
Post a Comment